जल्दिए रिलीज होखी 'दामाद चाही फ़ोकट में'
-

इन्डस सिने प्रोडक्सन प्रा० लि० के बैनर तले बनल फिल्म ‘दामाद चाही फ़ोकट में’ बिहार का सिनेमाघरन में जल्दिए देखावल जाई. समाज में पसरल दहेज़ जइसन अभिशाप पर चोट करे वाली एह फिल्म में संदेश दिहल गइल बा कि ‘जीवन में रूपिया-पइसा क बहुते महत्व बा बाकिर इहे रुपिए पइसा जिनिगी ना ह.”

एह फिल्म के निर्माता हउवें जय विजय सिंह, अरुणेश अउर अनिल कुमार त्रिवेदी आ निर्देशक हउवें बालकृष्ण सिंह. संगीत के० रत्नेश के, गीत सतीश तिवारी आ महेश कुमार झा के लिखल, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी, संजय आ मोना के, कैमरा संचालन जगमिन्दर हुंदल के, मारधाड़ निर्देशन दिलीप यादव के, संकलन राजेश खैची कइलन आ ध्वनि मुद्रण राहुल शर्मा.

फिल्म के कलाकारन में विनय आनंद, राजेश कुमार, पुष्पा वर्मा, नैना ओम, ऋतू शास्त्री, शिव कुमार प्रसाद, विनोद त्रिपाठी, रामजी मिश्रा, पंकज कुमार, उमाकांत, सीमा सिंह, श्वेता मिश्रा, ज्योति जाटव, अभिलाषा, प्रवीणा, किट्टू प्रजापति, रमेश दुबे, रानू पाण्डेय, अश्विनी राठौड़, वाहिद भाई, रमेश पाण्डेय, साहिल, गोपाल, शम्भू प्रसाद, जे०पी० सिंह, राजेश यादव, प्रमोद गोस्वामी, अमित, विनय प्रताप सिंह आ मनोज टाईगर बाड़ें.


(अपना न्यूज के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts