‘जो जीता वही सिकंदर’ के शूटिंग पूरा हो गइल
-

Khesari-jo-jeeta-wahi-sikanderआदि शक्ति इंटरटेनमेंट के परोसल आ ए.एस पिक्चर्स के बैनर में बनत फिलिम ‘जो जीता वही सिंकदर’ के शूटिंग मुंबई के तमाम खुबसूरत लोकेशनन प पूरा करा लिहल गइल बा.

निर्देशक हउवें अजय कुमार झा जिनकर निर्देशित फिलिम ‘बेताब’ उनका के टॉप निर्देशकन में शुमार करा दिहले बा. निर्माता हउवें अनुज कुमार. लेखक अरविन्द तिवारी, गीतकार प्यारेलाल यादव, आजाद सिंहा, अरविन्द तिवारी, अउर जाहिद अख्तर, संगीतकार अविनाश झा घुघरू, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी, एंथोनी अउर राम देवन, मारधाड़ निर्देशक हीरालाल यादव, कैमरामैन नीतू इकबाल, कार्यकारी निर्माता महेश उपाध्याय. कला भाष्कर तिवारी, आ एडिटर दीपक जौल हउवें.

मुख्य कलाकारन में सुपर स्टार खेसारी लाल यादव, प्रियंका पंडित, पूनम दूबे, कृष्णा कुमार, प्रिया शर्मा, आनंद मोहन, अनुप अरोड़ा, संजू सोलंकी, प्रेम दुबे, रमेश दुबे, हीरा लाल यादव, अउर उमेश सिंह के नाम बा.

आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के दुर्गा प्रसाद मजूमदार बतावत बाड़न कि ई अलगे कैनवास के फिलिम ह.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts