जौनपुर में ‘लक्ष्मण रेखा’ खींचे में लागल बाड़ें विनय आनन्द
-

एह तपाइल गरमी में विनय आनन्द जौनपुर में अपना फिलिम लक्ष्मण रेखा के शूटिंग करत बाड़ें, विजय सिंह आ लक्ष्मण गुप्ता के एह फिल्म के निर्देशन करत बाड़ें मनोज गिरि जिनका साथे विनय आनंद के ई तिसरकी फिलिम होखी.

पिछला दिने विनय आनंद जब जौनपुर से सटले जलालपुर टीसन पर एगो जबरदस्त एक्शन सीन शूट कइलन त अपना चहेता स्टार के देखे ला लोग के भारी भीड़ उमड़ पड़ल. विनय आनंदो ओह लोग के निराश ना कइलन आ जम के ऑटोग्राफ दिहलन आ फोटो निकलवलन. विनय आनंद के जौनपुर के लोग आ एहिजा के लस्सी दुनु कमाल के लागल. कहलन कि एह लस्सी से गरमी से बहुते राहत मिलल.

एह साल विनय आनंद के पूरा एक दर्जन फिलिम रिलीज होखे वाली बा. एहमें से दस गो फिलिमन के शूटिंगो पूरा कर लिहले बाड़न विनय आनन्द आ ‘काली’, ‘लक्ष्मण रेखा’ अउर ‘दंगल’ अबहीं फ्लोर पर बाड़ी सँ. ‘हमरे नामे जिला हिलेला’ आ ‘एलान-ए-जंग’ भोजपुरी आ छत्तीसगढ़ी दुनु भाषा में बनल बाड़ी सँ आ दुनु के निर्देशक हउवें रवि सिन्हा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts