डीएसपी पद से हटावल गइली हरमनप्रीत कौर
-


चंडीगढ़,10 जुलायी (वार्ता). डिग्री फर्जी साबित भइला का बाद भारतीय महिला क्रिकेट टीम के कप्तान हरमनप्रीत कौर के पंजाब पुलिस उपाधीक्षक (डीएसपी) पद से आजु मंगल का दिने हटा दीहल गइल.
जानकारी मिलल बा कि पंजाब सरकार हरमनप्रीत का खिलाफ कवनो कानूनी कार्रवाई ना करी. एने कई दिन से एह फर्जी डिग्री मामिला में घेराइल हरमनप्रीत के पद से हटावल जाए के चरचा जौर पकड़त रहुवे आ मामिला ढेर तूल पकड़े ओकरा पहिलहीं पंजाब सरकार के गृह विभाग उनुका के डीएसपी पद से हटा दिहलसि.
अब उनका क्वालिफिकेशन का हिसाब से उनुका के कांस्टेबल के पद पर बनवले राखल जाए के उमेद बा.
मोगा जिला के रहे वाली ई महिला क्रिकेटर चौधरी चरण सिंह मेरठ विश्वविद्यालय से स्नातक के डिग्री हासिल कइले रहुवी. बाकिर सत्यापन मां ई डिग्री फर्जी निकलल. विश्वविद्यालय उनुका के आपन छात्र माने से इंकार कर दिहलसि. तब ई मामिला गृह विभाग का लगे गइल. गृह विभाग मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह का लगे बा.
एहिजा के नौकरी करे से पहिले अर्जुन पुरस्कार प्राप्त हरमनप्रीत भारतीय रेलवे में कर्मचारी रहली आ बाद में ऊ रेलवे के नौकरी छोड़के पंजाब पुलिस में नौकरी करे लिहली.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts