तिसरका मोर्चा का बारे में जदयू अबहीं ले नइखे सोचले कहले नीतीश कुमार
-

आजु पटना में लगावल जनता दरबार का बाद पत्रकार सम्मेलन में बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहलें कि जदयू अबहीं ले तिसरका मोर्चा का बारे में कवनो फैसला नइखे कइले आ सही समय पर फैसला कर लिहल जाई. अक्टूबर में जदयू के विधानसभावार सम्मेलन तय बा. ओकरा बादे एह बारे में फैसला लिहल जाई,.

काल्हु अतवार के जदयू के राष्ट्रीय अध्यक्ष शरद यादव श्रीनगर मे कहले रहन कि केन्द्र में अगिला सरकार गैर भाजपा गैर कांग्रेस के होखी आ ऊ गैर सांप्रदायिक गोलन के एक मंच पर ले आवे का दिसाईं काम करत बाड़ें. वार्ता

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts