दाग का सेट पर होली
-

Nirahua Pakhi in Daag

लागल रहऽ ए राजाजी आ दिवाना जइसन सफल भोजपुरी फिल्मन के निर्माता रामाकान्त प्रसाद के नयका भोजपुरी फिलिम दाग के शूटिंग पिछला महीना गुजरात में चलत रहे आ ओहि बीच होली पड़ गइल. मौका देख के सेटे पर होली मन गइल आ का निर्माता, का निर्देशक, कलाकारम टेकनीशियन, सभे एह होली के जम के आनन्द लिहल.

Holi on the sets of Daag

होली के मस्ती अइसन रहल कि बाद में लोग इहे कहत सुनाइल कि अपना घर के कमी ना खलल.

निर्माता रामाकान्त प्रसाद एह फिलिम से बतौर निर्देशक आपन पारी के शुरुआत कर रहल बाड़न आ फिल्म के शूटिंग अब पूरा हो चुकल बा आ अब संपादन के काम चल रहल बा. कुमारी माई मूवीज आ आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट का बैनर में बनल एह फिल्म के कलाकारन में भोजपुरी सुपर स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ, नेपाली सुपर स्टार विराज भट्ट, स्टार अदाकारा पाखी हेगडे, स्वीटी छाबड़ा, स्वाति वर्मा, संजय पाण्डे, अनिल यादव, महेश राज, पुष्पा वर्मा, बंदना मिश्रा, रत्नेश वर्णवाल आ सीमा पाण्डे के नाम बा कहान संतोष मिश्रा के, गाना विनय बिहारी आ प्यारेलाल यादव के, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के, आ संगीत विनय बिहारी के बा. फिल्म के संपादन जीतेन्द्र सिहं जीतू कर रहल बाड़े.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts