दिलीप जायसवाल के स्टार ऑफ़ एशिया अवार्ड से नवाजल गइल
-

DilipJaiswalभोजपुरी फिलिमन के मशहूर निर्माता दिलीप जायसवाल के पिछला १९ अप्रैल के गोवा में इकनोमिक ग्रोथ सोसाइटी ऑफ़ इंडिया स्टार आट एशिया अवार्ड से नवजलसि. ई लाइफ टाइम अचीवमनेंट अवार्ड उनका बेहतरीन फिलिमन आ काम बदे दिहल गइल.

दिलीप जायसवाल जब गोवा से मुंबई अइलन त फिल्म प्रचारक संजय भूषण पटियाला उनुका ला सम्मान भोज दिहलन.एह मौका प सभे लोग दिलीप जायसवाल के धाई देबे ला जुटल. अतिथियन में आशुतोष खरे, विकास सिंह, कृष्ण कुमार वैष्णवी, काजल रघानी, मनोज आर.पाण्डेय, राजकुमार आर.पाण्डेय, प्रदीप पाण्डेय ‘चिंटू’, पवन सिंह, मोनालिसा वगैरह लोग शामिल रहे.

दिलीप जायसवाल हमेशा बढ़िया भोजपुरी फिलिम बनवले बाड़न जवना में हाल ही में रिलीज आ हिट फिलिम ‘देवरा बड़ा सतावेला’ आ ‘देवरा भइल दीवाना’ बतावे जोग बाड़ी सँ.


(संजय भूषण पटियाला)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts