दीघा रेल पुल ला बिहार सरकार 300 करोड़ रुपिया दी
-

बिहार के राजधानी पटना से सोनपुर के जोडड़े वाला गंगा नदी पर बनत दीघा सड़क सह रेल पुल के निर्माण खातिर बिहार सरकार 300 करोड़ रुपिया देबे के फैसला कइले बिया.
आजु दीघा रेल सह सड़क पुल के स्टीमर से निरीक्षण कइला का बाद मुख्यमंत्री नीतीश कुमार पत्रकारन से बतियावत कहले कि दीघा आ मुंगेर में बनत रेल पुल ला जतना रुपिया आवंटित होखल चाहत रहे ओतना नइखे भइल एहसे एह पुलन के निर्माण बहुते धीमा चलत बा. कहलन कि रेल मंत्री से भेंट क के एह काम ला पूरा धन राशि आवंटित करे के निहोरा कइले रहले बाकिर एहू साल के रेल बजट मे एह पुलन ला पर्याप्त धन राशि नइखे मुहैय्या करावल.
एही से समय पर दीघा रेल पुल के काम पूरा करावे ला राज्य सरकार 300 करोड़ रूपिया देबे के फैसला कइले बिया.
(वार्ता)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts