दुर्गा प्रसाद मजूमदार के सम्मानित कइलसि ‘द साउंड एशोसिएशन आफ इंडिया’
-

durga dadaदुनिया भर में पखावज वादन ला मशहूर आ फिल्म फाईनेंसर दुर्गा प्रसाद मजूमदार के सम्मान पिछला दिने मुंबई में सिनेमा आ मनोरंजन जगत के जानल मानल संस्था ‘द साउंड एशोसिएशन आफ इंडिया’ एगो भव्य कार्यक्रम में कइलसि.

मुंबई के अंधेरी पश्चिम के माहेश्वरी सदन में भइल एह भव्य कार्यक्रम में दुर्गा प्रसाद मजूमदार सुने वाला लोगन के निहोरा पर करीब एक घंटा ले पखावज बजवलें. सितार पर उनकर संगत कइलन संगीतकार दुर्गा नटराज के जोड़ी के नटराज.

लमहर अरसा से संगीत के अपना साधना ला दुनिया भर में दादा कहा के प्रशंसित दुर्गा प्रसाद मजूमदार के बजावल संगीत स्वरलहरी में सभे बहल जात रहुवे आ सभका मुँह से बस इहे निकसत रहे कि वाह वाह.

बाद में द साउंड एशोसिएशन आफ इंडिया के अध्यक्ष बी एन तिवारी दादा दुर्गा प्रसाद मजूमदार के शुक्रिया अदा करत कहलन कि अंतराष्ट्रीय स्तर पर अपना व्यस्तता का बादो साउंड रिकार्डिस्टों ला समय निकलला ला सभे आभारी बा. द साउंड एशोसिएशन आफ इंडिया के वार्षिक समारोह में पखावज बजावत दादा कहलन कि सिनेमा जगत में साउंड रिर्काडिस्टन के खासा अहमियत बा आ एह लोग बिना फिलिम बनावे के सोचलो ना जा सके.

एह मौका प लता टिप्सेने कथक आ लावनी पेश कइली, राधिका पवार भरत नाट्यम,ओडिसी अउर मंगलवंदना, आ मनीष पिंगले सितार वादन कइलन. ए कार्यक्रम में एशिया के पहिला साउंड रिकार्डिस्ट चंपा तिवारीओ मौजूद रहनी.

दुर्गा प्रसाद मजूमदार के स्वागत मशहूर समाजसेवक स्वामी कुमारन कइलन.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts