दुल्हिन उहे जे ननद मन भावे महुआ टीवी पर
-

भोजपुरिया मनोरंजक चैनल महुआ टी. वी. पर 19 सितम्बर से हर सोमार से शुक ले सँझिया सात बजे से एगो नया धारावाहिक शुरू हो रहल बा ‘‘दुल्हिन उहे जे ननद मन भावे’’. एकर निर्माण ‘‘भाग्यविधाता’’, ‘‘हमारी देवरानी’’ जइसन धारावाहिकन के लेखक रहल आ ‘‘बाबा ऐसा वर ढूँढो’’ के निर्माता रहल राकेश पासवान अपना बैनर ‘‘विलेज व्बॉयज प्रोडक्शन’’ तले कइले बाड़न.

‘‘दुल्हिन उहे जे ननद मन भावे’’ एगो पारिवारिक धारिवाहिक ह जवन दर्शकन के कुछ नया मनोरंजन दीही. एकर कहानी पाँच गो ननदन का साथे भउजाई के आनंद भरल आ अजूबा सफर के बा. कहानी बा अजीत के, जे अपना बाप महतारी का गुजरला का बाद अपना पाँचों बहिनन के पाल पोस के बड़ा कइले बा. पाँचों बहिन ओकर लाडली बाड़ी सँ. अजीत की शादी तय होत बा त लड़की वाला एगो खूबसूरत लड़की देखाके अपना बदसूरत बेटी से अजीत के शादी करवा देत बाड़े. अब पाँचों बहिन आ अजीत में से केहू एह नयकी कनिया से खुश नइखे आ सभ मिलके ओकरा के बहुते परेशान करत बाड़े जेहसे कि ऊ अपने चलि जाव. बाकिर विभा हार नइखे मानत आ अपना प्यार आ समर्पण से अजीत आ अपना पाँचो ननदन के दिल जीत लेत बिया.
धारावाहिक के कलाकारन में अजीत का भूमिका में आकाश सहाय, आ पांचों बहिनन का भूमिका में अरूनिमा जोशी, सुनीता पाण्डेय, दिशा ओझा, सोमी किरण आ सुमन गुप्ता बाड़ी. कनिया के किरदार चारू सक्सेना निभवले बाड़ी.

स्रोत प्रशांत निशांत

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts