‘‘धमाल कइलऽ राजा’’ के शूटिंग पूरा हो गइल
-

जलाराम प्रोडक्शन के बैनर तले बनत निर्माता रमण नैयर के भोजपुरी फिल्म ‘‘धमाल कईलऽ राजा’’ के शूटिंग के काम पिछला दिने पूरा हो गइल बा. अब बस कुछ गीतन के फिल्मावल बाकी बा. एह फिल्म के निर्देशन चन्द्रसेन सिंह कइले बाड़न.

फिल्म में सुपरस्टार रवि किशन, टुलिप सिंह, गिरीश शर्मा, कोमल ढिल्लन, निलीमा सिंह, पंकज बेरी, सीमा सिंह आ संभावना सेठ के प्रमुख भूमिका बा. गीतकार विपिन बहार, संगीतकार मधुकर आनंद, लेखक पारस जयसवाल, छायांकन आर. आर प्रिंस, डांस राम देवन, एक्शन मास्टर दर्शन सिंह हउवें. निर्माता आ निर्देशक के कहना बा कि ई फिल्म दर्शकन का दिल पर राज करी.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

2 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts