धामा वर्मा बंगला फिलिमन में
-

करीब दू दर्जन से अधिका फिलिम आ धारावाहिकन समेत एह साल के सबले बड़ हिट “जान तेरे नाम” में सुदामा के भूमिका से धमाल मचावे वाला आ भोजपुरी के बेहतरीन अभिनेतन में शुमार धामा वर्मा अब बंगला फिलिमन में अपना अदाकारी के फहरइहें.

बंगला फिलिमन में धामा वर्मा के पारी के शुरूआतो मशहूर फिल्मकार गौतम घोष जइसन दिग्गज निर्देशक संगे माओवादी पृष्ठ भूमि पर बनत फिल्म से भइल बा. एह फिलिम में कोंकणा सेन, प्रियांशु चटर्जी, आ धित्रिमान चटर्जी संगे नजर अइहें धामा वर्मा.

बकौल धामा – ई हमरा ला गर्व के बात बा कि गौतम दा जइसन बड़हन फिल्मकार ना सिर्फ बुला के काम दिहलें बलुक हमरा काम पर भरोसो जतवलें.

धामा इस फिल्म में शलबाजूलूम (इन्फार्मर) के जबरदस्त भूमिका मे लउकीहें जे आखिर में कोंकणा सेन के हाथे मारल जा ता. बतावे जोग बा कि बरीसन पहिले धामा वर्मा गौतम घोष के निर्देशन में बनल आ अनेकन पुरस्कार जीते वाला फिलिम “पतंग” से आपन अभिनय यात्रा शुरू कइले रहलें आ शबाना आजमी, ओमपुरी, मोहन अगासे , अउर शत्रुघन सिन्हा जइसन दिग्गज स्टारना का भीड़ो में आपन छाप छोड़े में सफल भइल रहलें.

धामा वर्मा अनेके सुपर हिट भोजपुरी फिलिमन में आपन अलग-अलग तरह के भूमिका में दर्शकन के दिल जीतलें. एह फिलिमन में राजा भोजपुरिया, निरूहआ चलल ससुराल, हमार बियाह तोहरे से होई, श्रीमान् ड्राईबर बाबु, कानून हमरा मुट्ठी में, प्रेम के रोग भईल, दाग, लड़ाई ल अखियाँ ऐ लोंडे राजा, आज के करण अर्जुन, लोफर जान तेरे नाम, अउर सस्ता जिनगी मंहग सेनुर खास बाड़ी सँ.


(उदय भगत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts