‘नाच नचईया धूम मचईया’’ का मंच पर ‘नाचे मयूरी’ नचली
-

महुआ टी. वी. के लोकप्रिय डांस रियलिटी शो ‘‘नाच नचईया धूम मचईया’’ का मंच पर नाचे मयूरी नाम से मशहूर आ एह शो के जज सुधा चंद्रन अबकी का एपिसोड में खुद नृत्य प्रस्तुत करीहें. शो में सुधा अपना मशहूर नृत्य “नाचे मयूरी” के नाच देखइहें.

एह हफ्ता जजेज स्पेशल एपीसोड होखला का चलते गणेशो आचार्य बाकी नृत्य निर्देशकन का साथ हिप-हॉप करत लउकीहें. अक्षरा आ राकेश के जोड़ी आ अनारा गुप्ता आ निसार के जोड़ी आपन आपन बेहतरीन परफॉरमेंस देखइहें. एह शो के एंकर हउवें रवि किशन.

नाच नचईया धूम मचईया हर शनिचर आ अतवार के रात आठ बजे से देखावल जाला.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts