नाचऽ गावऽ मजा करऽ के म्युजिकल लांचिंग
-

केबीसी पिक्चर्स का बैनर में बने जा रहल निर्माता शरद बागला आ उमेश यादव के फिल्म “नाचऽ गावऽ मजा करऽ” के म्यूजिकल लांचिंग पिछला दिने मुंबई के पंचम स्टूडियो में करावल गइल.
महुआ टीवी के रियलिटी शो “सुर संग्राम” के संयुक्त विजेता रहल मोहन राठौर आ आलोक कुमार एह फिल्म के नायक बा लोग आ फिल्म के गानो गाई लोग. बाकी कलाकारन में पूनम सागर, परी सिंघानिया, सुगन्धा, माया यादव, सुनीता सिंह, संजय यादव, रतन कुमार, उमेश यादव. सौम्या, मंजू श्रीवास्तव, संजय वर्मा, राजकुमार, सोनम आ मनोज वर्मा शामिल बाड़े. एह फिल्म में कुल एक दर्जन गाना बा जवना के आलोक कुमार आ मोहन राठौर का अलावे डालिया, कल्पना, इन्दु सोनाली आ अनुराधा सिंह गवले बाड़ी.
फिल्म के निर्देशक राजकुमार बागला, लेखक हंदय मिश्रा, पटकथा आ संवाद लेखक ललित शुक्ला, गीतकार सुबोध गाँधी आ रुस्तम घायल, संगीतकार राज सेन, नृत्य निर्देशक ज्ञान सिंह, कैमरामैन करीम खत्री, प्रोडक्शन मैनेजर सागर जायसवाल आ सह निर्माता कमलेश चौहान हउवें.
फिल्म के स्टार्ट टू फिनिश शूटिंग २० मई से पनवेल का सुर्वे फार्म हाउस में करावल जाई जवन २५ दिन ले चली.


(स्रोत – समरजीत)

0 0 votes
Article Rating
2 Comments
ambuj pandey
ambuj pandey
15 years ago

i want to be a bhojpuri singer.

ambuj pandey
ambuj pandey
15 years ago

i think i can pay a new way to bhojpuri cinema.

Recent Posts