नारायणदत्त तिवारी के आपन डीएनए जँचवाये के आदेश
-

दिल्ली हाई कोर्ट यूपी आ उत्तरांचल के पूर्व मुख्यमंत्री आ आंध्रप्रदेश के पूर्व गवर्नर नारायण दत्त तिवारी के आपन डीएनए जँचवावे के आदेश दिहले बा. वरिष्ठ कांग्रेसी नेता नारायण द्त्त तिवारी के रोहित शेखर आपन जैविक बाप होखे के दावा कइले बाड़न. रोहित के कहना बा कि नारायण दत्त तिवारी के उनका महतारी का साथ नाजायज संबंध रहे आ ऊ ओहि संबंध के उपज ह. नारायण दत्त तिवारी एह जाँच से बाचे खातिर हर कानूनी प्रयास करत आइल बाड़न. बाकिर दिल्ली हाई कोर्ट कहलसि कि ऊ एगो युवक के अपना बाप का बारे में जाने के अधिकार के अनदेखी नइखे कर सकत. ८५ साल के नारायण दत्त तिवारी आंध्र प्रदेश के राज्यपाल पद से तब इस्तीफा दिहले रहलें जव एगो टेप में उनका के तीन गौ औरतन का साथे रिकार्ड कर के देखावल गइल रहे. एह से नारायण दत्त के मर्दानगी के केहू चुनौती ना दे सके.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts