‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ में पाखी के आयटम
-

Pakhi-Nirahua-Hindustani
स्टार भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े निरहुआ इंटरटेनमेंट आ राहुल खान प्रोडक्शनस् के बैनर तले बनल फिलिम ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ में ‘छमिया डिग्रीवाली’ नाम के आयटम गर्ल बनल बाड़ी. छमिया डिग्रीवाली के डांस प्रोग्राम निरहुआ के गाँव में होखत बा जहाँ उनुका साथे निरहुओ ठुमका लगावत बाड़न.

हालही में ‘निरहुआ हिन्दुस्तानी’ के पहिला झलक जारी कइल गइल बा. एह फिलिम में निरहुआ का साथे नयकी तारिका आम्रपाली, संजय पाण्डेय, अयाज खान, किरण यादव, संजय वर्मा, आशा शर्मा, गोपाल राय, राहुल खान आ रत्नेश बरनवाल के प्रमुख भूमिका बा.

एह पहिला झलक देखावत पोस्टर के लोग खूबे सराहत बा. ट्रेलर अगिला हफ्ता रीलिज कइल जाई.


(प्रशांत-निशांत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts