नोएडा किसान आन्दोलन तीन महीना ले रोकल गइल
-

काल्हु नोएडा भुमि अधिग्रहण से प्रभावित किसान आ नोएडा के सीईओ बलविन्दर कुमार का बीचे भइल बातचीत का बाद किसान आपन आन्दोलन तीन महीना ले रोक दिहले. किसानन के तीन गो माँग मान लिहल गइल बा मुआविजा बढ़ावे के माँग छोड़ के. अब प्रशासन विस्थापित लोग के अस्थायी बस्तियन के नियमित कर दी आ विकसित भूखण्ड के कुछ हिस्सा जमीन मालिकन के दिहल जाई. कहल गइल बा तीस अगस्त से पहिले पन्द्ह गाँवन में विकसित भूखण्ड दे दिहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts