पवन सिंह पचास फीट ऊंच पुल से नदी में कूदलें
-

फिल्म ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ के एगो सीन ला पवन सिंह पचास फीट ऊँच पुल पर से नदी में छलांग लगवलें. जेही देखल ओकर धड़कन रुकत रुकत बाँचल. अपना प्रशंसकन के दिल के धड़कन अपना एक्शन से ओह लोग के धड़कन रोक दीहें.

मिथिल टॉकीज निर्मित आ राजू निर्देशित ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ के एह खतरनाक सीन के शूटिंग राजपिपला में कइल गइल. डुप्लीकेट से सीन करावे खातिर निर्माता निर्देशकन के निहोरा पवन सिंह ठुकरा दिहलें आ खुद एह सीन करे के फैसला ले लिहलें. शूटिंग का बाद पूरा टीम पवन सिहं के कान्हे उठा लिहलसि. फिल्म में पवन सिंह के अउरियो लाजवाब एक्शन सीन बाड़ी सँ.

फिल्म में पवन सिंह के किरदार जुर्म का खिलाफ युद्ध के एलान कइले एसपी के बा. निर्माता मनोज चौधरी के दावा बा कि आज ले अइसन फिलिम भोजपुरी में नइखे बनल.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts