पहिला बेर लागल कवनो भोजपुरी फिल्म खातिर तीन गो सेट
-

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिला बेर कवनो फिल्म खातिर एगो दू गो ना पूरा तीन गो सेट लगावल गइल आ ई फिल्म रहल निर्माता एन एन सिप्पी के बेटा प्रवेश सिप्पी के बनावल पहिलका भोजपुरी फिल्म मृत्युंजय जवना के निर्देशन जगदीश शर्मा कर रहल बाड़े. एह फिल्म में भोजपुरी के किंग अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ का साथ रिंकू घोष के मुख्य किरदार बाटे.

मृत्युंजय के पहिला सेट खड़ा कइल जा रहल बा कोलाबा का मुकेश मिल में. दुसरका फिल्मिस्तान स्टूडियो में जहवाँ एगो चर्चित अभिनेत्री पर आयटम गाना फिल्मावल जाई आ तीसरका चांदिवली स्टूडियो में जवना पर गाना आ कुछ जरुरी सीन फिल्मावल जाई. हिंदी के सरगम, कालीचरण, मेरी जंग, आ फकीरा जइसन फिल्म के निर्माण करे वाली प्रोडक्शन कंपनी एन एन सिप्पी प्रोडक्शन के प्रवेश सिप्पी आ निर्देशक जगदीश शर्मा का मुताबिक ई फिल्म के जरुरत रहुवे. फिल्म के बाकी शूटिंग गाँव देहात में करावल गइल बा. एह फिल्म में भोजपरिया सुपर स्टार निरहुआ के देहाती लुक आ उनकर एक्शन सबका के चउँका दीहि. कामेडी सीन में उनकर टाइमिंग लोग के हँसा दीहि. निर्देशक जगदीश शर्मा के दावा बा कि फिल्म के नायिका रिंकू घोष अपना भूमिका से बिदाई का बाद एक बेर फेर दर्शकन के दिल जीत लीहें.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा )

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts