पाँच गो नायिकायन के नायक बाड़े रविकिशन
-

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपरस्टार रविकिशन भोजपुरी फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” में पाँच गो नायिका का साथे प्यार करत नजर अइहें. फिल्म में रविकिशन एगो गवई जवान के किरदार में बाड़न जिनका के लुभावे खातिर पाँच गो खूबसूरत बला उनका पाछा पड़ल बाड़ी आ रविकिशन सभका के नचवले बाड़न. एह पाँच नायिका में अक्षरा सिंह, गुंजन पंत, संगीता तिवारी, अनारा गुप्ता आ दिव्या द्विवेदी शामिल बाड़ी. एनसी इन्टरप्राइजेज का बैनर में चन्दन सिंह के बनावल एह फिल्म के हैरी फर्नान्डीज निर्देशित कइले बाड़न. फिल्म में रविकिशन के सगरी नायिकायन का साथे मनमोहक दृश्य, गीत, आ नृत्य बा. फिल्म में एह मुख्य कलाकारन का साथे सिकन्दर खरबन्दा, ब्रजेश त्रिपाठी, अनूप अरोड़ा, के के गोस्वामी, गोपाल राय, माया यादव, रमाशंकर सिंह, संजय सिंह, अवधेश मिश्रा बाड़े. संभावना सेठ आ कोमल ढिल्लो पर जानदार आयटम गीत फिल्मावल गइल बाड़ी सँ. गीत प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती, राकेश सिंह, आ सच्चिदानन्द कवच के बा आ संगीत बा गुणवन्त सेन के. डायलाग मनोज सिंह के लिखल बा त कैमरा संचालन प्रमोद पाण्डेय के, नृत्य पप्पू खन्ना, रामदेवन, आ रिक्की गुप्ता के निर्देशन में बा. निर्माता चन्दन सिंह झारखण्ड के हजारीबाग के हउवें आ “रामपुर के लक्ष्मण” से पहिले सुपर हिट फिल्म “राम बलराम” बना चुकल बाड़े. “रामपुर के लक्ष्मण” जनवरी महीना में रिलीज होखे वाला बा.
(स्रोत : प्रशान्त-निशान्त)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts