प्रधानमंत्री भ्रष्टाचार में भागीदार बाड़े
-

लोकसभा में विपक्ष के नेता सुषमा स्वराज आजु दिल्ली में आयोजित महासंग्राम रैली के संबोधित करत कहली कि अगर रउरा नाक का नीचे घोटाला पर घोटाला होखल जात बा आ रउरा रोक नइखीं पावत त एकर इहे मतलब निकालल जाई कि रउरो एह भ्रष्टाचार में भागीदार बानी. राज्यसभा में विपक्ष के नेता अरुण जेटली कहलें कि अइसन कबो ना भइल रहे कि प्रधानमंत्री के कहे के पड़ल होखे कि उनका लगे लुकावे छिपावे लायक कुछ नइखे. तब फेर जेपीसी के सामना करे से काहे घबरात बाड़न ? रैली में भाजपा, जदयू, शिवसेना, आ शिरोमणी अकाली दल शामिल रहे. जदयू नेता शरद यादव के कहना रहे कि प्रधानमंत्री अपना के निर्दोष बतावत अपना जिम्मेदारी से ना भाग सकस.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts