फेर से खुली राज पिछले जन्म का
-

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन एक बार फेरु इमेजिन टीवी के चर्चित शो “राज पिछले जन्म का” होस्ट कर रहल बाड़े. एह शो के दूसरका सीजन के वापसी शनिवार २३ अक्तूबर से इमेजिन टीवी पर हो रहल बा. जहाँ हर शनिचर रात नौ बजे से देखावल जाई. पहिलका एपिसोड में अभिनेता चंकी पाण्डेय के पिछला जनम के राज खुली.

पिछलके सीजन का तरह एहू सीजन में कई गो रहस्य रोमांच दर्शकन के देखे के मिली. पास्ट लाईफ थेरेपिस्ट डॉ. तृप्ती जैन शो में भाग लेबे वालन के उनका पिछला जनम का जिनिगी में ले जइहें. अन्तर अतने बा कि अबकि आम आदमी ना बलुक खास खास सेलेब्रिटीयन के शामिल कइल गइल बा.

ई एगो अइसन रियलिटी शो ह जवना में शामिल होखे वाला लोग के पिछला जिनिगी के राज खोलल जाला. शो में प्रतिगमन चिकित्सा का सहारे ओह लोग के पिछली जनम के बात जाने के कोशिश कइल जाई. अबकी देश भर से करीब आठ हजार से बेसी लोग शो में शामिल होखे खातिर चैनल से संपर्क कइले रहे.


(स्रोत : उदय भगत)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts