बलिया मे फोटो पत्रकारन के सम्मानित कइल गइल
-

JagatjISammanमंगल के रात बलिया के अशोका होटल मे आयोजित एगो समारोह मे बलिया के फोटो पत्रकारन के जगत स्मृति सम्मान से सम्मानित कइल गइल. आयोजन बलिया विज्ञान क्लब आ माँ सुरसती सेवा संस्थान का तरह से विश्व फोटोग्राफी दिवस पर बोलावल गइल रहुवे. पिछला साल से शुरू भइल एह कार्यक्रम के बलिया के लोकप्रिय फोटो पत्रकार रहल जगत जी के सम्मान मे आयोजित कइल जाला.

कार्यक्रम मे चहुँपल अतिथियन के स्वागत फ्रेंड्स कंप्यूटर बलिया के रजनीकांत सिंह कइलन. अध्यक्षता नगर के मशहूर कैमरामैन शफीक अहमद कइलन आ कार्यक्रम संचालन जिला विज्ञान क्लब के सुधीर कुमार सिंह कइलन.

एह मौका पर वरीय फोटो पत्रकार दीनानाथ मिश्र फोटोग्राफी के विकास यात्रा का बारे मे बतवलन. कार्यक्रम मे रोशन जायसवाल, आरके सिंह, अरविन्द, पशुपतिनाथ, मृदा विशेषज्ञ डा॰ अशोक कुमार सिंह आ अउरियो लोग संबोधित कइल आ जगत जी के आपन श्रद्धांजलि देत फोटोग्राफी के महत्व बतावल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts