बलिया से दू गो मंत्री निकाल बाहर आ एक जने बेविभाग
-

यूपी के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आजु अपना आठ गो मंत्रियन के निकला बाहर क दिहलें आ नौ जने से विभाग छीन लिहलें. निकाल बाहर कइल गइल मंत्रियन में बलिया के नारद राय आ अम्बिका चौधरी का साथही भगवत शरण गंगवार, शिवकुमार बेरिया, शिवाकांत ओझा, योगेश प्रताप सिंह, आलोक कुमार शाक्य, आ अरिदमन सिंह शामिल बाड़ें.

एकरा अलावे नौ गो मंत्रियन से विभाग छीन के बिना विभाग बना दीहल गइल बा बाकिर एह लोग के संतोष बा कि 31 अक्टूबर के नया मंत्रियन के किरिया धरवाला का बाद एह लोग के कुछ ना कुछ विभाग भेंटाइए जाई. एह नौ जने में बलिया के रामगोविंद चौधरी का साथे अहमद हसन, अवधेश प्रसाद, राजा भइया, इकबाल महमूद, दुर्गा प्रसाद यादव, महबूब अली, ब्रह्माशंकर त्रिपाठी, अउर पारसनाथ यादव के नाम बा.

नयका बने वाला मंत्रियन में मुसलमान मंत्रियन के बहुतायत रहे के उमेद जतावल जात बा काहें कि सपा के लागत बा कि ओकर मुसलमान वोट बसपा ओरी घुसुके लागल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts