बलिया हनुमनागंज चट्टी पर एगो लड़िका कचरा के मरल
-

सोमार के साँझ बलिया के सुखपुरा थाना के हनुमनागंज चट्टी पर बाजार करे आइल छोड़हर गाँव के बलिराम बिंद आ मनोज बिंद के एगो बस कचार दिहलसि. एह हादसा में बलिराम के मौत ठाँवे पर हो गइल जबकि मनोज के गंभीर हालत में अस्पताल भेजल गइल. एह हादसा का बाद खिसियाइल लोग के भीड़ घंटा भर से अधिका समय ले पुलिस से अझुराइल. बस के आग लगा दिहल गइल. बलिराम के लाश सड़क पर राख के लोग रास्ता जाम कर दिहल. पुलिस लाठी भाँज के लोग के चहेटलसि बाकिर लाश उठावत घरी लोग फेर घेर लिहल. बाद में एडीएम केपी सिंह अइलन आ बलिराम के परिवार ला इंदिरा आवास आ बीस हजार रुपिया के सहायता देबे के वादा कइलन तब जा के लोग हटल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts