बानर मरला पर बवाल होत होत बाचल
-

देवरिया के लार थाना के सहिया गाँव में एगो नवही अपना एयर गन से दोसरा के छत पर जा के एगो बानर के गोली मार दिहलसि. बानर गोली से घवाहिल होके छत से नीचे गिरल आ ओकर मौत हो गइल. घटना के जानकारी मिलते गाँव के लोग ओह नवही का घर पर चड़ बइठल बाकिर तबले उ नवही फरार हो गइल रहे. एही बीच पुलिस खबर पा के चहुँपल आ हालात बिगड़े से बचा लिहलसि. मरल बानर के पोस्टमार्टम करावल गइल आ मुकदमा दर्ज करे के भरोसा दिहलसि पुलिस. पुलिस गाँवे में जमल बिया बाकिर कहत बिया कि कवनो तरह के तनाव के बात नइखे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts