बिहार के खबर
-

(मंगल 20 सितम्बर)

  • अगिला हफ्ता से नीतीश कुमार सेवा यात्रा पर निकलीहें. यात्रा के शुरूआत बेतिया से होई आ हर जिला में मुख्यमंत्री कम से कम दू रात रूकीहें. एह यात्रा का दौरान जनता के लोक सेवा अधिकार कानून आ बिहार खातिर विशेष दर्जा के माँग का बारे में जानकारी दिहल जाई.
  • बिहार के आठ गो जिला, सीतामढ़ी, मधुबनी, सुपौल, दरभंगा, मधेपुरा, अररिया, किशनगंज, आ सहरसा भूकंप के सबले खराब इलाका में पड़ेला. बाकी जिलन में से पन्द्रह गो मध्यम खतरा वाला आ पन्द्रह गो कम खतरा वाला जोन में बाड़ी सँ.
  • सिवान जिला में दरौंदा विधानसभा उपचुनाव खातिर काल्हु एगो निर्दलीय उम्मीदवार जयप्रकाश यादव आपन परचा भरलन. जगमातो देवी का निधन का चलते ई सीट खाली भइल बा.
  • बिहार के स्कूलन में छात्रवृति अब बैंक एकाउंट का माध्यम से दिहल जाई जवन सीधे ओह विद्यार्थी के खाता में भेज दिहल जाई. एह खातिर सात लाख छात्रन के खाता जीरो बैलेंस पर खोलवावल जाई.
  • राज्य के गाँवन में लोग के इंटरनेट आ ईमेल से जोड़े खातिर डाक विभाग ई पोस्ट कार्पोरेट सेवा के शुरूआत करे जा रहल बा.
  • मैट्रिक के पूरक परीक्षा के फार्म अब बिना कवनो विलम्ब शुल्क के तेईस सितंबर ले जिला शिक्षा पदधिकारी का कार्यालय में जमा कइल जा सकेला. परीक्षा चौबीस अक्टूबर से शुरु होखेवाला बा.
  • आकाशवाणी पटना के प्रादेशिक समाचार एकांश खातिर अनुबंध पर संवाददाता बहाल कइल जाई. पच्चीस से पैंतालिस साल का बीच के उमिर के पत्रकारिता डिग्री डिप्लोमा धारक आ दू साल के अनुभव राखे वाला लोग आवेदन दे सकेला.
  • बख्तियारपुर रेलवे स्टेशन पर बुद्ध पुर्णीमा एक्सप्रेस से सोमार के रात चार गो संदिग्ध डकैतन के हथियार समेत गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • बिहार पुलिस अब उपद्रवियन पर लाठी गोली ना चला के कैमरा से ‘शूट’ करी जेहसे बाद में ओह लोग के सजा दिलवावे में सहायता मिली.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts