बिहार के खबर
-

(सोमार, 10 अक्टूबर)

  • आडवाणी के रथ यात्रा मंगल का दिने जेपी का जन्मदिन पर उनुका गाँव सिताबदियरा से शुरु होई बाकिर सड़क खराब होखला का चलते छपरा से उनुकर रथ रवाना होई जवना के नीतीश कुमार हरियर झंडी देखइहें. सिताबदियरा बिहार आ यूपी का बीच त्रिशंकु का हालत में रहेला आ कवनो राज्य सिताबदियरा पर पूरा ध्यान ना देसु. दोसरे अगर सिताब दियरा से रथ रवाना होखीत त ओकरा पहिले बारह किलोमीटर यूपी में चले के पड़ीत.
  • दुरौंधा विधानसभा सीट के उपचुनाव में प्रचार मंगल का दिने खतम हो जाई. सगरी दल आपन पूरा ताकत से प्रचार में लागल बाड़े आ प्रशासन चुनाव के शांति से करा लेबे का तइयारी में. उपचुनाव का दिने दुरौंधा इलाका में सगरी सरकारी आ गैरसरकारी कार्यालय बंद रही.बैंको में छुट्टी रही.
  • पूर्वी चंपारण के पिपरा कोठी इलाका में एगो पेट्रोल पंप के मैनजर आ उनुका सहयोगी के कुछ अपराधी गोली मार के घवाहिल कर दिहले.
  • सिवान मंडल जेल मे काल्हु एगो विचाराधीन कैदी सुरेश नट के इलाज का दौरान मौत हो गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts