बिहार के खबर
-

(सोमार, 17 अक्टूबर)

  • नक्सल प्रभावित गया जिले के कोठी थाना इलाका में कुछ नक्सली एगो युवक के अगवा कर के ओकर हत्या कइला का बाद ओकरा घरो में आग लगा दिहले सँ.
  • दरौंदा विधानसभा सीट उपचुनाव में सतारूढ़ राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन प्रत्याशी कविता सिंह अपना निकटतम प्रतिद्वंद्वी राष्ट्रीय जनता दल के उम्मीदवार परमेश्वर सिंह के 20, 000 से बेसी वोट से हरा दिहली. पहिले ई सीट उनुका सासु जगमातो देवी के रहल.
  • पटना के आलमगंज थाना इलाका में अतवार के देर रात कुछ लोग एगो ऑटो चालक के पीट-पीटके मुआ दिहलसि आ ओकरा चेहरा के पत्थर से कूंच दिहल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts