बिहार के खबर
-

(मंगल, 18 अक्टूबर)

  • बिहार सरकार के कर्मचारियन आ पेंशनभोगियन के महँगाई भत्ता में पिछला एक जुलाई से सात फीसदी के बढ़ोतरी कर दिहल गइल बा. आंगनबाड़ी सेविका आ सहायिका के मानदेय दुगुना हो गइल बा. राज्य से बाहर काम करे वाला मजूर के मौत पर बिहार सरकार एक लाख रुपिया के मुआविजा दी.
  • छपरा में बुध से दू दिन के संगोष्ठी होखे जा रहल बा जवना में आधुनिक हिन्दी साहित्य आ बिहार विषय पर चर्चा होई. संगोष्ठी के आयोजन छपरा के जयप्रकाश विश्वविद्यालय कइले बा.
  • बिहार विद्यालय परीक्षा समिति के मैट्रिक के फार्म भरे के आखिरी तारीख अब पच्चीस अक्टूबर ले कर दिहल गइल बा. एकरा बाद उनतीस अक्टूबर ले सौ रुपिया विलम्ब शुल्क का साथे फार्म भरल जा सकी.
  • रोहतास के अकोढ़ी गोला में एगो औरत के गरदन रेत के हत्या कर दिहल गइल बा. पुलिस एगो अपराधी के गिरफ्तार कर लिहले बिया.
  • पटना के मशहूर महावीर मंदिर के न्यास समिति आवे वाला दिन में कई गो धर्मार्थ योजना शुरू करे वाली बा. एह में नेत्रहीन बचवन खातिर विद्यालय, नशा मुक्ति केंद्र, आ कुछ गाँवन में अस्पताल खोले के योजना शामिल बा.
  • अपना ‘सेवा यात्रा’ का दौरान गाँवन के औचक निरीक्षण करीहें मुख्यमंत्री नीतीश कुमार.
  • मोतिहारी कारा मंडल से कोर्ट में पेशी खातिर ले जात घरी फरार भइल कुख्यात अपराधी राजन सहनी के काल्हु गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • छपरा मंडल कारा से कोर्ट में पेशी खातिर ले जात घरी कैलाश सिंह उर्फ चेक सिंह फरार हो गइल बा.
  • कैमूर जिला के शिवपुर गाँव में पचासी साल के विद्वान शिक्षाविद् सरयू प्रसाद गुप्त के निधन हो गइल बा.
  • पश्चिम चंपारण के पिपरिया गाँव में एगो औरत अपना दू गो बच्चा समेत जहर खा के जान दे दिहलसि.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts