बिहार के खबर
-

(शनिचर, 19 नवंबर)

  • मुख्यमंत्री नीतीश कुमार शनिचर का दिने मुजफ्फरपुर में कहले कि विधानसभा के शीतकालीन सत्र में सात दिस्मबर के लोकायुक्त विधेयक पेश कर दिहल जाई. एहसे पहिले एगो सर्वदलीय बइठक बोलावल जाई जवना में मिलल राय के विधेयक में शामिल कइल जाई.
  • अरवल जिला के परासी थाना इलाका में सूर्य मंदिर का नियरा एगो पेड़ से लटकल लाश मिलल बा जवन पन्द्रह साल के लड़िका रवि के बतावल जात बा.
  • बिहार में विधायक अउर विधान पार्षदो अपना संपत्ति के ब्योरा साले साल दिहल करीहें. एकरा के जरुरी बना दिहल गइल बा.
  • पटना समाहरणालय के निलम्बित कोषागार सहायक गिरीश कुमार के दुमंजिला मकान भठियरपन आ आमदनी से बेसी के संपति राखे का आरोप में जब्त करे के कार्यवाही शुरू कर दिहल गइल बा.
  • सिवान जिला के गोरियाकोठी इलाका में खुलास गाँव में एगो पुस्तकालय आ जागरुकता केन्द्र के उद्घाटन सांसद ओमप्रकाश यादव का हाथे भइल.
  • कैमूर का मोहनिया में दू गो शिक्षक के बहाली रद्द कर दिहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts