बिहार के खबर
-

(मंगल, 22 नवंबर)

  • किशनगंज में अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के शाखा खोले खातिर जमीन के अधिसूचना एक दू दिन में जारी हो जाई.
  • बिहार में हर अनुमंडल में पॉलिटेक्निक खोलल जाई जवना खातिर केन्द्र से तीन करोड़ आ राज्य सरकार से दू करोड़ हर पॉलिटेक्निक खातिर दिहल जाई. अबही बिहार में तेरह गो पॉलिटेक्निक बाड़ी सँ. हर पॉलिटेक्निक में अढ़ाई सौ से साढ़े तीन सौ विद्यार्थियन के प्रवेश मिली.
  • अपना चेली से मोहब्बत करे वाला प्रोफेसर मटुकनाथ पटना विश्वविद्यालय से आपन बर्खास्तगी का खिलाफ आमरण अनशन पर बइठल बाड़े.
  • गया रेलवे स्टेशन परिसर में पुलिस दू जने के 17 लाख रुपिया का साथे गिरफ्तार कइलसि.
  • सारण जिला के मांझी थाना इलाका में सुघर छपरा गांव में अपराधी दू गो लड़िकियन के हत्या कर के लाश गांवे के इनार में फेंक दिहले. सोमार से गायब लड़िकियन के लाश मंगल का दिने बरामद भइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts