बिहार के खबर
-

(शनिचर, 17 दिसंबर)

  • नक्सलियन के प्रभाव वाला जमुई जिला के चरका पत्थर इलाका में एगो सरकार विद्यालय के मकान के जेसीबी लगा के आ विस्फोट करा के उड़ा दिहल गइल. नक्सली तनिको ना चाहसु कि गरीब मजलूम आदिवासियन के पढ़े लिखे के सुविधा मिले एहसे ओकनी के पहिला निशाना पर स्कूल कॉलेज आ कवनो विकास के काम रहेला.
  • जहानाबाद जिला के काको इलाका में स्टेट बैंक के हाजीपुर शाखा से शुक का दिने साढ़े पांच लाख रुपिया से बेसी लूट के लुटेरा फरार हो गइलन स.
  • रोहतास के मॉडल थाना इलाका में शुक का दिने एगो व्यापारी अपना कर्मचारी के लोहा के रॉड से पीट के मुआ दिहलसि.
  • बिहार के वाणिज्य कर विभाग के सगरी कार्यालय अगिला साल मार्च ले कंप्यूटर से जोड़ दिहल जाई जवना का बाद कर चोरावे के मामिला बहुते कम हो जाई. ई बाति पटना में एगो कार्यशाला के संबिधित करत उपमुख्य मंत्री सुशील मोदी कहले बाड़न.
  • काल्हु शुक का दिने पूरा बिहार भयंकर ठंड से सिकुड़ गइल. गया में छह डिग्री सेल्सियस तापमान रिकार्ड भइल. कुहासा का चलते सगरी रेल गाड़ी कई कई घंटा देरी से चलत बाड़ी सँ. काल्हु दु गो उड़ान रद्द करे देबे के पड़ल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts