बिहार के खबर
-

(अतवार, 18 दिसंबर)

  • कड़ाका का जाड़ा का चलते राज्य के सगरी स्कूलन के अगिला आदेश ले बंद राखे के कहलसि सरकार. स्कूल खोले के फैसला जाड़ा के प्रकोप देख के कइल जाई. जाड़ा का चलते राज्य में अलग अलग जगहा मिला के अबही ले करीब बीसेक लोग मर चुकल बा.
  • पूर्वी चंपारण के झरोखर थाना इलाका में अरूणा नदी पुल का मुहाना पर एगो बस पलट गइला से दू दर्जन सवारी घवाहिल गइले. लोग नेपाल से आँख के इलाज करा के लवटत रहे. घवाहिलन के मोतिहारी अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • बक्सर कोर्ट परिसर से एगो कुख्यात अपराधी शेरू सिंह के फरार हो गइला का मामिला में नगर थाना के आरक्षी निरीक्षक निसार अहमद के निलंबित कर दिहल गइल बा.
  • गुड़गाँव में होखत सब जूनियर राष्ट्रीय हॉकी प्रतियोगिता में बिहार के टीम तमिलनाडु के टीम के एक का मुकाबिले पन्द्रह गोल से हरा के सेमीफाइनल में चहुँप गइल. सोमार का दिने बिहार के मुकाबिला ओडिशा के टीम से होखी.
  • नीतीश कुमार फेरू कहले बाड़न कि कवनो घूसखोर आ भठियारा का साथ नरमी ना बरतल जाई. कहलन कि बिहार के लोकायुक्त सीएम से लिहले चपरासी तक के भठियरपन के मामिला के जाँच करीहें. राज्य में दर्जनो भठियारा अधिकारियन के संपत्ति जब्त करे के प्रक्रिया चालू बा.
  • दरभंगा में होखत निषाद पंचायत के संबोधित करत सुशील मोदी कहलन कि राज्य में मछली के उत्पादन अगिला पाँच साल में तिगुना कर दिहल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts