बिहार के खबर
-

(बुध, 21 दिसंबर)

  • पटना के फतुहा इलाका में बुध का दिने एगो एटीएम से लगभग सात लाख रुपिया चोरा के चोर फरार हो गइले.
  • राज्य के बानबे हजार आंगनबाड़ी केन्द्र पर आवे वाला करीब सताईस लाख बचवन खातिर राज्य सरकार पोशाक मुहैया करावे पर एकानबे करोड़ रुपिया खरच करी. पहिला बेर एह केन्द्र पर आवे वाला बचवन के सरकार का ओर से पोशाक दिहल जाई.
  • फरार अपराधियन खातिर ईनाम के राशि के सीमा पहिले से दुगुना कर दिहल गइल बा. अब पुलिस महानिदेशक पचास हजार केम गृह सचिव एक लाख के आ मंत्री दू लाख के ईनाम घोषित कर सकीहें.
  • हर पंचायत में एगो राजस्व कर्मचारी बहाल करे के फैसला राज्य सरकार लिहले बिया. एह पद खातिर चार हजार चार सौ राजस्व कर्मचारियन के बहाली कर्मचारी चयन आयोग का मार्फत करावल जाई.
  • सरकारी दावा का बावजूद छपरा समेत कई जिला में धान के सरकारी खरीद शुरू नइखे हो पावल. जहाँ भइलो बा तहवों सगरी केन्द्र काम नइखे करत. शाहाबाद आ चमंपारण में धान के खरीद लक्ष्य से बहुते पीछे बा.
  • दू दिन चलल शिक्षक पात्रता परीक्षा बुध का दिने शांति से हो गइल. मंगल का दिने कई केन्द्र पर हंगामा भइल रहे.
  • पश्चिमी चंपारण के हरनाटाड़ जंगल का लगे एगो घर से वन विभाग के कर्मचारी चार गो मोर बरामद कइले.
  • बेतिया नगर थाना इलाका से कुख्यात अपराधी समीर अंसारी गिरोह के शूटर यासिर अराफात के लोडेड पिस्तौल का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • राज्य भर में पड़त कड़ाका के जाड़ बुधो का दिने जारी रहल. दिन में आसमान साफ रहला आ थोड़िका देर घाम भइला का बादो गदबेरिया में गलन बढ़ गइल.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts