बिहार के खबर
-

(शनिचर, 24 दिसंबर)

  • शनिचर का दिने नीतीश कुमार रोहतास का विक्रम में तीन सौ करोड़ रुपिया के कई गो योजना के उद्घाटन आ शिलान्यास का बाद जनसभा के संबोधित करत कहलन कि बिहार भठियरपन का खिलाफ लड़ाई में देश में सबले आगा चलत बा.
  • नीतीश सरकार के “जनविरोधी” काम का खिलाफ लालू के राजद का तरफ से मोतिहारी समाहरणालय पर एक दिन के धरना दिहल गइल.
  • तीन दिन चले वाला राजगीर महोत्सव सताईस दिसंबर से शुरू होखी. नीतीश कुमार एकर उद्घाटन करीहें आ अलका याज्ञनिक, रूप कुमार राठौर, सोनाली राठौर समेत अनेके कलाकार एहमें आपन प्रस्तुति दीहें.
  • पश्चिम चंपारण के बेहरा बैशखवा मार्ग पर कुछ तस्कर पुलिस बल पर हमला करि के जानवरन से भरल एगो ट्रक छोड़ा ले गइले. पुलिस पचास गो अनाम लोग पर मुकदमा दर्ज कइले बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts