बिहार के खबर
-

(मंगल, 27 दिसंबर)

  • आंगनबाड़ी केन्द्रन पर गड़बड़ी के शिकायत का बाद सरकार फैसला लिहलसि कि अब रुपिया का बदले अनाजे दिहल जाई.एह बीच थावे गोपालगंज के सीडीपीओ रितु गुप्ता आ सुपौल राघोपुर के सीडीपीओ इंदु कुमारी के निलंबित कर दिहल गइल बा.
  • विधान परिषद के पहिला बइठक पटना कॉलेज में साल उनइस सौ तेरह में बीस जनवरी के भइल रहे. मगध महिला कॉलेज के प्राध्यापक डाक्टर जयश्री मिश्रा एह बाति का ओर विधान परिषद के सभापति ताराकांत झा के ध्यान खींचली त फैसला भइल कि परिषद के सौ साल पूरा होखला के अवसर पर होखे वाला बइठक पटने कालेज में करावल जाई. पहिले सही जानकारी ना रहला का चलते बांकीपुर क्लब में बइठक होखे वाला रहे.
  • पिछला पन्द्रह महीना में पोलियो के एकहु केस ना मिलला का बावजूद पूर्वी चंपारण समेत राज्य के तेरह जिला में पोलियो के टीका पिआवे के चक्र पन्द्रहजनवरी से चलावल जाई.
  • सुगौली आ लौरिया चीनी मिल से चीनी के उत्पादन शुरू हो गइल बा. एह मिलन के शुरू भइला से इलाका के दस हजार से बेसी किसानन के फायदा होखी.
  • बक्सर में आजु से राज्य स्तरीय युवा महोत्सव के शुरूआत हो गइल. महोत्सव के उद्घाटन जनार्दन सिंह सिग्रीवाल कइले.
  • सारण जिला में एह साल इंदिरा आवास खातिर सत्तर करोड़ रुपिया दिहल गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts