बिहार बोर्ड के परीक्षा २३ फरवरी से शुरु हो रहल बा
-

बिहार स्कूल एक्जामिनेशन बोर्ड के मैट्रिक परीक्षा २३ फरवरी से शुरु हो रहल बा जवना के कदाचार मुक्त करावे खातिर पुरा तइयारी हो रहल बा. जनगणना का चलते परीक्षा तिथि में कवनो फेर बदल नइखे होखे वाला. दस फरवरी ले सगरी स्कूलन में प्रवेश पत्र भेज दिहल जाई. हर सेण्टर पर वीडियोग्राफी करावल जाई जेहसे कि परीक्षा में कदाचार पूरा तरह से रोकल जा सके. एह परीक्षा में अबकि एगारह सौ केन्द्र बनावल गइल बा जहवाँ दस लाख परीक्षार्थी परीक्षा में शामिल होखीहे.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts