भाजपा तिरंगा फहरावे पर फेरु से विचार करे
-

काश्मीर समस्या के समाधान में लागल पत्रकार दिलीप पडगाँवकर भाजपा से कहले बाड़न कि ऊ काश्मीर के लाल चौक पर तिरंगा फहरावे का अपना योजना पर फेरु से विचार करे काहे कि ओहिजा के हालात एकरा लायक नइखे. हालांकि ऊ इहो कहले कि देश के हर नागरिक के तिरंगा फहरावे के अधिकार बा. अब उनका बाति के मतलब इहे निकालल जा सकेला कि काश्मीर छोड़ के कतहीं फहरा लीं. अरे भाई अतने दिक्कत बा त काश्मीर के सोझे पाकिस्ताने के काहे नइखऽ दे देत लोग. बहुते समस्या के समाधान एके झटका में हो जाइत. ना त कह द कि देश के हर परिवार अपना घर मकान कार्यालय पर तिरंगा फहरावे. भारत में यदि रहे के बा त वन्दे मातरम कहे के होई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts