भारत अफ्रीका शिखर सम्मेलन का दौरान विदेश मंत्रियन क बइठक काल्हु नई दिल्ली में
-

भारत में होखत भारत अफ्रीका शिखर सम्मेलन में राजनीतिक सहभागिता आ विकास में सहयोग का दिशाईं दू गो दस्तावेज फाइनल करे के तइयारी चलत बा. एह बात के जानकारी विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता विकास स्वरूप दिहले बाड़न. बतवलन कि एह देशन के विदेश मंत्रियन के एगो बइठक काल्हु मंगल का दिने होखे जात बा जवना में शिखर सम्मेलन के एजेंडा फाइनल कइल जाई. पीएम मोदी एह सम्मेलन के उद्घाटन 29 अक्टूबर के करीहें.एह सम्मेलन में अफ्रीका के 54 गो देश शामिल बाड़ें. अफ्रीकी देशन के अतना बड़ शिखर सम्मेलन अब ले ना भइल रहुवे आ ई ऐतिहासिक होखे वाला बा. मोरक्को आ स्वाजीलैंड के राजा पहिलहीं आ चुकल बाड़ें.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts