भारतीय मूल के डॉक्टर पर यौन दुराचार के आरोप
-

लंदन, 13 अगस्त (आईएएनएस)। भारतीय मूल के एगो डॉक्टर पर एगो महिला मरीज का साथे छेड़खानी के आरोप लागल बा.
अखबार ‘द सन’ का मुताबिक अस्पताल के कर्मचारी ‘जनरल मेडिकल काउंसिल’ के बतवले कि ऊ लोग डॉक्टर नरेंद्र शर्मा के एगो महिला मरीज का साथ गंदा हालत में देखले.

जूली एक्राएड नाम के एगो औरत के कहना बा कि मैनचेस्टर के अस्पताल में ऊ ओह महिला के गर्भपात के दौरान देखलस कि शर्मा आपत्तिजनक अवस्था में रहले. ऊ एह दृश्य के बरनन ना कर सके.

कन्सलटेंट टिम स्मिथ के कहना बा कि अइसन लागत बा कि शर्मा ‘अपना यौन उत्तेजना खातिर’ महिला मरीजन के इस्तेमाल करेले.
ओने, डाक्टर नरेन्द्र शर्मा अइसनका कवनो गलत काम करे से साफ इंकार कइले बाड़े.

(इंडो-एशियन न्यूज सर्विस)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts