भोजपुरी समाज के आई एन ए कालोनी शाखा में सरस्वती पूजन समारोह
-

बसंत पंचमी का शुभ अवसर पर भोजपुरी समाज, आई एन ए कालोनी, नयी दिल्ली पिछला साल का तरह एहू साल ८ फरवरी २०११ के आई एन ए कालोनी के गोपाल मंदिर में भव्य सरस्वती पूजन समारोह क़े आयोजन कइलसि. एह अवसर पर ओहिजा भोजपुरी समाज के सदस्यन का साथ साथ कालोनी के अउरियो निवासी बड़हन संख्या में शामिल भइले. एह मौका पर भोजपुरी समाज, दिल्ली के अध्यक्ष अजीत दुबे समाज के हर वर्ग के लोग के आपन हार्दिक शुभकामनाएं दिहले. भोजपुरी समाज, शाखा: आई एन ए कालोनी के अध्यक्ष विनोद कुमार त्रिपाठी बतवले कि भोजपुरी समाज , आई एन ए कालोनी के कार्यक्रमन का कड़ी में बौद्धिक आ सांस्कृतिक कार्यक्रम का तहत १३ फरवरी २०११ के बड़हन पैमाना पर निबंध लेखन, चित्र कला, आ अइसने अनेक प्रतियोगिता क़े आयोजन कइल जा रहल बा. विजेता प्रतिभागियन के पुरस्कारो दिहल जाई.


(स्रोत – देवकांत पाण्डेय)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts