भोजपुरी सिनेमा के एगो सार्थक प्रयास हवे अचल रहे सुहाग
-

अश्लीलता के दंश झेलत भोजपुरी फिल्म इन्डस्ट्री में पारिवारिक दर्शकन के वापिस ले आवे के सार्थक प्रयास बावे फिल्म ‘अचल रहे सुहाग’. अइसन कहना बा फिल्म के निर्देशक अभिलाष शर्मा के. नाइट विसर्ल्स के बैनर तले बनले एह फिल्म के कहानी सावित्री-सत्यवान के पौराणिक कथा से प्रेरित बावे. देखावल गइल बा कि गाँव के भोली- भाली लड़की जब शादी करके मुंबई जइसन महानगर में आवेले त ओकरा कवना तरह के माहौल के सामना करे पड़ेला. फेर एह सब से जूझत ऊ कइसे अपना पति के जिनिगी खातिर संघर्ष करेले.

एह सम्पूर्ण मनोरंजक फिल्म के निर्माता हउवे सुमित केन अउर विकास शर्मा. फिल्म में भाग्यविधाता धारावाहिक से बिंदिया के नाम से बहुचर्चित हो चुकल ऋचा सोनी केंद्रीय भूमिका में बाड़ी. एकरा अलावे स्टार विक्रांत सिंह, सुधांशु शरण, राखी त्रिपाठी , विजय खरे पुष्पा वर्मा, अशोक समर्थ आ शक्ति सिन्हा के प्रमुख भूमिका बा.

फिल्म के गीत संगीत एकर सबले मजगर पहली बा आ संगीत दिहले बाड़न युवा संगीतकार देवर्षि जबकि गीत लिखले बाड़े फणीन्द्र राव, पप्पू ओझा अउर अभिजीत मिश्रा. फिल्म के मधुर संगीत पहिलही लोगन के आकर्षित कर लिहले बा आ दर्शक अब बेसब्री फिल्म के इंतजार करत बाड़े. निर्देशक अभिलाष शर्मा के कहना बा कि ई फिल्म लोग के फेरु भोजपुरी के पुरनका जमाना याद कराई. आ औरत एह फिल्म के देखे झुंड बना के अइहें.

फिल्म अचल रहे सुहाग ३ फरवरी के बिहार आ झारखण्ड में रिलीज होखे वाला बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts