मंदिर में बिआह करे आइल दुनु ओर के लोग पिटाइल
-

बलिया जिला के रसड़ा श्रीनाथ मठ मंदिर में बुध का दिने बिआह रचावे आइल कनिया आ दुलहा पक्ष के लोग के कुछ बदमाश लाठी से धुन दिहलें. एह हमला में दस गो औरत समेत पचीस लोग घवाहिल हो गइल. बाद में दुनु ओर के लोग जइसे तइसे पेड़ का नीचे बिआह रचावल.

बतावल जात बा कि लड़िका वाले बिल्थरारोड राजापुर के रहले जबकि लड़िकी वाले अलेरा गाँव के. मंदिर में दरी बिछावत घरी बगल के गाँव सोनईडीह के लोग से झगड़ा हो गइल जवना का बाद सोनईडीह के लोग आके दुनु पक्ष के लाठी से धुन दिहल.
पुलिस अबहीं हमलावरन के पहिचाने में लागल बिया.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts