मनोज तिवारी के चुनाव लड़े पर तीन साल के रोक
-

मनोज तिवारी तब भउँचक रह गइलन जब उनुका सुने के मिलल कि पाई पाई के हिसाब दिहला का बावजूद चुनाव आयोग उनुका पर अगिला तीन साल ले चुनाव लड़े रोक लगा दिहले बा. पिछला चुनाव में मनोज तिवारी गोरखपुर से लोक सभा चुनाव लड़ल रहले.

जब एह मामिला के लेके मनोज तिवारी सक्रिय भइलन त पता चलल कि मिलत नाम का चलते जिला प्रशासन चकरा गइल रहे आ मनोज तिवारी अभिनेता के नोटिस मार दिहलसि. ई दोसर मनोज तिवारी ओह साल गोरखपुर लोकसभा सीट से निर्दल प्रत्याशी रहले आ उनुके पर रोक लगावल गइल बा. सपा के टिकट पर लड़ल अभिनेता मनोज तिवारी के आयोग का तरफ से क्लीन चिट मिल गइल बा.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts