महंगाई के जिम्मा गठबन्हन सरकार के मजबूरी
-

कांग्रेस के युवराज राहुल गाँधी काल्हु कहले बाड़न कि गठबन्हन सरकार का चलते महँगाई पर काबू नइखे होखत. बाकिर नाम ना बतवलन कि कवना दल का चलते महँगाई बढ़त बा. ओने काल्हु केन्द्रीय मंत्रीमण्डल के उच्चाधिकार प्राप्त समिति के बइठक इमानदार प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह का अध्यक्षता में भइल जवना में कवनो फैसला ना लिहल जा सकल. मनमोहन सिंह से कमजोर प्रधानमंत्री शायद कबो ना रहल हिन्दुस्तान में. ना त सतर्कता आयोग के अध्यक्ष एगो दागी अधिकारी के ना बनावल जाइत, राजा के मनमानी करे के छूट ना मिलल रहीत, भ्रष्टाचारियन के बचावे खातिर सीबीआई के दुरुपयोग ना भइल रहीत. सतर्कता आयोग के अध्यक्ष पद पर थामस के नियुक्ति खुद प्रधानमंत्री गृहमंत्री का साथ मिल के कइलें. थामस पर भ्रष्टाचार के आरोप बा आ सुप्रीम कोर्ट ओह मामिला के सुनवाई के आदेश दे दिहले बा. विडम्बना बा कि एह प्रधानमंत्री का चलते अइसन आदमी नियुक्त बा जे सीबीआई के कामकाज देखेला आ उहे सीबीआई ओही अधिकारी का खिलाफ सुनवाई करे जा रहल बा. अब का सुनवाई होखी आ का फैसला होखी अंदाजा लगा लीं.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts