मारीशस के राष्ट्रपति इस्तीफा दिहले
-

मारीशस के राष्ट्रपति अनिरुद्ध जगनॉथ शुक का दिने अपना पद से इस्तीफा देबे के घोषणा कइलन. अबहीं एह बारे में बेसी जानकारी नइखे मिलल बाकिर ८२ साल के अनिरूद्ध जगनॉथ के कहना बा कि ऊ अबहियो जवान बाड़न आ देश के सेवा खातिर तइयार. कहलन कि शनिचर पद पर उनुकर आखिरी दिन होखी. अपना इस्तीफा के घोषणा ऊ एह चलते कइल बुझात बाड़न कि ऊ फेर से सक्रिय राजनीति में आवल चाहत बाड़े. जवना समारोह में ऊ आपन इस्तीफा वाला बात कहलन तवना में प्रधानमंत्री डा॰ नवीन रामगुलाम मौजूद ना रहले. पूछला पर अनिरूद्ध जगनॉथ कहलन कि उनुका नइखे मालूम कि नवीन काहे ना अइलन. उनुको के बोलहटा भेजल रहुवे बाकिर मौजूदा माहौल में उनुका आवे के उमेदो ना रहुवे.

उनुका इस्तीफा के स्वागत करत मारीशस के सोशल डेमोक्रेट पार्टी के महासचिव मोहमद खुदाबख्श कहलन कि उनुका आशा बा कि राष्ट्रपति आपन फैसला ना बदलीहें आ साचहूं इस्तीफा दे दीहें. कहलन कि उनुकर पार्टी अनिरुद्ध जगनॉथ के मुकाबला करे के तइयार बिया आ ऊ जनता के देखाई कि सर अनिरुद्ध जगनॉथ कवन तरह के आदमी रहले.

एमएमएम सांसद स्टीव ओबीगदु एह घोषणा पर खुशी जतवले आ कहलन कि बहुते बढ़िया बा कि राष्ट्रपति अपना पद से इस्तीफा दे के विपक्ष के नेतृत्व सम्हरीहे. उनुका एह फैसला से साबित हो गइल कि लेबर पार्टी आ सोशल डेमोक्रेट पार्टी के गठबन्हन टूट गइल बा.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts