मुख्यमंत्री अखिलेश आठ अक्टूबर के गोरखपुर मे लैपटाप बँटीहे
-

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आठ अक्टूबर के गोरखपुर मे छात्र छात्रा के लैपटाप बँटीहे.
ओही दिने ऊ बाबा राघवदास मेडिकल कालेज के मस्तिष्क ज्वर वार्ड के लोकार्पण करीहें आ रामगढ ताल परियोजना आ गोरखपुर विकास प्राधिकरण के काम के समीक्षा करीहें.
मुख्यमंत्री के दौरा पहिले 10 अक्टूबर के होखेवाला रहुवे बाकिर अब तारीख बदल के आठ अक्टूबर कर दीहल गइल बा.
गोरखपुर जिला में कुल 34 हजार लैपटाप बांटे के बा. कार्यक्रम एहिजा के मदन मोहन मालवीय इंजीनियरिंग कालेज मे आयोजित होखी. बारह हजार लैपटाप मुख्यमंत्री का हाथे आ बाकी अधिकारियन का हाथे बाद में करावल जाई.

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts