मोनालिसा के टाइटल रोल वाला बनारसवाली के मुहुर्त
-

banaraswali-muhurtसिनेमा भोजपुरी के हॉट गर्ल मोनालिसा ‘बनारसवाली’ में टाईटल भूमिका में बाड़ी. पिछला दिने एह फिलिम के संगीत मुहूर्त मुंबई के M4U स्टूडियो में करावल गइल. आराधना सिने विजन के बैनर तले बने जात एह फिलिम के निर्देशक शशिकांत दुबे, गीतकार-संगीतकार विनय बिहारी, कथा-पटकथा लेखक ललित शुक्ला आ वितरक राजश्री प्रोडक्शन हवे,

मुहूर्त गीत के भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह के आवाज़ में रिकार्ड कइल गइल. पवने सिंह एह फिलिम के नायको हउवें. एह पारिवारिक, हास्य आ एक्शन भरल फिलिम के बाकी कलाकारन में अक्षरा सिंह आ आत्माराम त्रिपाठी के नाम बा. बाकी कलाकारन के चुने के काम चलत बा. पवन सिंह आ मोनालिसा अबले तेरह गो फिलिम कर चुकल बा जवना में से दस गो सफलता से रिलीज हो चुकल बाड़ी स.

मुहूर्त पर मुख्य अतिथि बृजेश त्रिपाठी, सुजाय मुखर्जी, अशोक राय, पुष्पा शुक्ला, बिपिन सिंह वगैरह लोग मौजूद रहे.


(प्रशांत निशांत आ अपना न्यूज के अलग अलग रिपोर्ट)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts