मौर्य टीवी फेरु बनल नम्बर वन
-

बिहार आ झारखण्ड के सबसे लोकप्रिय न्युज चैनल मौर्य टी0वी0 एक बेर फेर से क्षेत्रीय चैनलन में नम्बर वन बन गइल बा. मौर्य टी0वी0 के निदेशक मनीष झा ई दावा करत बिहार आ झारखण्ड के दर्शकन के आभार जतवले बाड़न जिनका सहयोग आ प्यार का चलते मौर्य टी0वी0 फेर से नम्बर वन के पोजिशन हासिल कर लिहले बा.

मनीष झा के कहना बा कि मौर्य टी0वी0 पर प्रसारित कार्यक्रमन में बाहुबली, दिल की बात प्रकाश के साथ, मुसाफिर जायेगा कहां, चलते-चलते, खास मुलाकात, मौर्य 8 पी0एम0 वगैरह खूब देखल आ सराहल जा रहल बा. कहलन कि अब मोर्या टीवी के फोकस उत्तरो प्रदेश पर रही जहाँ एकर प्रसारण शुरू हो चुकल बा. कहलन कि बिहार आ झारखण्ड के दर्शक एगो बड़हन जिम्मेदारी दे दिहले बाड़े जवना के बरकरार राखे के कोशिश कइल जाई. जल्दिये मौर्य पर डक्यूमेन्टरी फिल्मन के एगो श्रृखंला प्रसारित कइल जाई. एकरा अलावे प्रकाश झा प्रोडक्शन के बैनर तले बनल धारावाहिक सुनैना के प्रसारणो जल्दिये होई.


(स्रोत : रंजन सिन्हा)

0 Comments

Submit a Comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Recent Posts